Actress Dimple Kapadia And Rajesh Khanna love Story Bhojpuri

[ad_1]

अइसन अनेक कथा कहानी रउआ फिल्मी दुनिया में सुने जाने के मिली जवन घटल त असल में, असल लोग के साथे, बाकिर सुनला पर बड़ा फिल्मी लागेला. फिल्मी सुग्गा अइसन प्यार मोहब्बत, तकरार – इजहार के कथा सुनावेला रउआ सभ के.

त फिल्मी सुग्गा आज सुनाई, पहिला भारतीय सुपरस्टार राजेश खन्ना अउरी उनके पत्नी प्रख्यात अभिनेत्री डिम्पल कपाड़िया के प्यार – नफरत, मिलन – जुदाई के कहानी –

रउआ सभ अपना जीवन में कबो ना कबो राजेश खन्ना के कवनो फिलिम जरूर देखले होखब. लगातार दू दशक 60 आ 70 में फिल्म इंडस्ट्री पर एक छत्र राज करे वाला राजेश खन्ना उर्फ काका के असल जीवन में नाटकीयता उनके फिल्मन लेखां ही रहल. राजेश खन्ना जब फिल्म जगत में शुरुआत कइलें त एगो कॉन्टेस्ट जीत के सीधे फिल्मन में अइलें. उ संघर्ष के टाइम में भी स्पोर्ट्स कार से चलस. फिल्मी दुनिया से बाहर के रहलें बाकिर फिल्मी लोग उनके अपनावे में समय ना लगावल, आ ना दर्शक ही उनके अपनावे में टाइम लेहलें. राजेश खन्ना के नामे 1969 से 1971 ले लगातार 15 गो सुपरहिट फिल्म देबे के रिकॉर्ड दर्ज बा. उनके स्टारडम के अइसन जादू रहे कि ओ बेरा के रिपोर्ट बतावेली सन कि जब उनके कार कहीं भीड़ में जाव त ओकरा दरवाजा अउरी बॉडी पर लिपस्टिक के छाप लउके जवन उनके महिला प्रशंसक दे देसन.

अइसन दीवानगी के आलम रहे राजेश खन्ना के. आम इंसान त छोड़ दीं, अक्सर हीरोइन भी उनके साथे फिल्म करे खातिर तरसे लोग. राजेश खन्ना के सितारा बुलंदी पर रहे. हालांकि उनके निजी जीवन में उठापटक चलत रहे. उ मॉडल, फैशन डिजाइनर अंजू महेंद्रू के साथे लिव-इन रिलेशनशिप में रहलें. ई रिश्ता सात साल ले चलल बाकिर बाद में कुछ कारण से दुनू जाना दूर हो गइल लोग. राजेश खन्ना के जीवन खाली हो गइल रहे. बात 1973 के ह, जब बॉबी फिल्म रिलीज भइल आ राजकपूर के छोट बेटा ऋषि कपूर लॉन्च भइलें आ उनके साथे लॉन्च भइली हीरोइन डिम्पल कपाड़िया. तब डिम्पल के उमिर रहे 15 साल, सोलहवां बरिस लागे वाला रहे जब ई फिल्म रिलीज भइल. ई फिल्म ओइसे भी किशोर से जवानी के तरफ जा रहल दू गो युगल के कहानी रहे आ ओ साल के सबसे चर्चित आ सुपरहिट फिल्म भइल. एह फिल्म में जब राजेश खन्ना डिम्पल के देखलें त उनके अद्भूत सुंदरता पर दिल हार गइलें.

डिम्पल खुदे राजेश खन्ना के बचपन से बहुत बड़ फैन रहली जवन स्वाभाविक बात रहे. फिल्म बॉबी के बाद डिम्पल कपाड़िया अउरी ऋषि कपूर के बीच नजदीकी हो गइल रहे. बाकिर कुछ समय बाद दुनू जाना में ब्रेकअप हो गइल आ ई बात राजेश खन्ना के पता चलल. काका बिना समय गँववले डिम्पल कपाड़िया से मिलके अपना दिल के हाल कहि देहलें. डिम्पल खातिर ई एगो सुखद आश्चर्य रहे. उ अभी इंडस्ट्री में आइल ही रहली तले राजेश खन्ना के प्रपोज़ल मिल गइल. राजेश खन्ना उनके सीधे बियाह करे खातिर प्रपोज कइलें रहलें. तब राजेश खन्ना के उमिर 31 बरिस रहे आ डिम्पल कपाड़िया 16 बरिस के रहली. अपना से 15 साल बड़ आदमी से भी बियाह करे में उहो करियर के शुरुआती दौर में डिंपल कपाड़िया तनिको ना हिचकली. काहें कि ई त सपना सच होखे लेखां बात रहे. दुनू जाना 1973 में ही बियाह कर लिहल लोग. मीडिया में खूब चर्चा भइल आ पूरा फिल्म जगत एह बियाह में टूट पड़ल. काका शादी के बाद रिसेप्शन पार्टी भी शानदार रखलें.

शादी होते डिम्पल फिल्मन से अलविदा कहि देहली आ परिवार में ध्यान देबे लगली. एह लोग के मार्च में बियाह भइल आ दिसंबर में ट्विंकल खन्ना के जन्म हो गइल. ओकरा चार साल बाद रिंकी खन्ना के जन्म भइल. दुनू जाना के रिश्ता ठीक से चलत रहे तबले सत्तर के दशक के अंत आवत आवत आ अस्सी के शुरुआत में राजेश खन्ना के फिल्म फ्लॉप होखे लगली सन. इंडस्ट्री के सबसे प्रभावशाली अभिनेता के फिल्म से दर्शक के मन भरे लागल रहे. अमिताभ बच्चन के समय आ गइल रहे आ उ इंडस्ट्री पर राज करे लागल रहलें. अपना फिल्म अउरी स्टारडम के कम होत देख के राजेश खन्ना के गुस्सा आ अवसाद बढ़े लागल रहे. एही चलते उ शराब के लती भी हो गइल रहलें. तबो डिम्पल उनका साथे जीवन संगिनी बन के खड़ा रहली.

बाकिर 1981 में राजेश खन्ना के मुलाकात फिफ्टी फिफ्टी के सेट पर नया हीरोइन टीना मुनीम से हो गइल. एकरा बाद उ टीना के नजदीक होत गइलें. वजह रहे कि उ आपन ढहत करियर के दुख से राहत के तलाश में रहलें. टीना उनके मरुस्थल में पानी के ठोप लेखां लगली. दुनू जाना साथ में 11 गो फिल्म कइल लोग. मीडिया में दुनू जाना के प्रेम प्रसंग के खूब चर्चा होखे लागल. डिम्पल के दिल टूट गइल आ उ 1984 में राजेश खन्ना के घर छोड़ के अपना माई बाप के घरे दुनू बेटी के साथे चल गइली. टीना राजेश खन्ना से अपना मेहरारू से तलाक लेबे के कहली बाकिर उ ना लेहलें काहें कि एह से उनका बेटीन पर असर पड़ित. टीना बाद में राजेश खन्ना से दूरी बना लेहली आ उद्योगपति अनिल अंबानी से बियाह कर लेहली.

दुनू मरद मेहरारू जीवन के अंतिम पड़ाव ले हर जलसा, पर्व – त्योहार आ पब्लिक सभा में साथे लउकल लोग. जब राजेश खन्ना के 2012 में मृत्यु भइल तबो डिम्पल कपाड़िया के सबसे ढेर बुझाइल रहे, उ एके गोड़ पर हरदम खड़ा रहली. दुनू जाना अलग भले हो गइल लोग बाकिर एक दूसरा के दिल से दूर ना भइल लोग. ई बात दुनू जाना अपना स्टेटमेंट में भी कहल लोग. राजेश खन्ना के फिल्म अमर प्रेम के कथा उनका जीवन में भी घटल आ नफरत – प्रेम के युद्ध में प्यार बाजी जीत गइल.

(लेखक मनोज भावुक भोजपुरी साहित्य और सिनेमा के जानकार हैं )

Tags: Bhojpuri Articles, Bhojpuri News, Dimple kapadia



[ad_2]