Actress zeenat Aman life Story in Bhojpuri Read full article


एक बार ओह गांव में बांध के इंजीनियर राजीव आवत बाड़ें आ उनके नजर रूपा पर पड़त बा, उ उनसे अउरी उनके सुंदर स्वर से प्यार करे लागत बाड़ें. रूपा के असलियत से अंजान राजीव रूपा से बियाह करके जब ओकरा के घरे लियावत बाड़ें त राज खुलत बा अउरी उनके ई सब धोखा बुझात बा. बाकिर अंत में राजीव आपन जान पर खेल के रूपा के जान बचावत बाड़ें आ उनके अपना लेत बाड़ें काहें कि प्यार रूप से ना रूपा से रहे, ओकरा आत्मा से रहे.

ई त रूपा बनल जीनत अमान के फिल्मी कहानी ह बाकिर उनके असली जीवन में एकरा विपरीत भइल. जीनत जब फिल्मन में अइली त ओकरा से पहिले मॉडलिंग में आपन नाम कर लेहले रहली. काफी सुंदर काया अउरी रूप के मालकिन जीनत अमान 1970 से फिल्मन में डेब्यू कइली. उनके पहिला फ़िल्म रहे ‘द एविल विदिन’. अगिले साल 1971 में उनके फ़िल्म हलचल आइल जवन बहुत हिट भइल आ जीनत के फेर बढ़िया रोल मिले लागल. उनके एही साल फ़िल्म हरे रामा हरे कृष्णा आइल जवना के एगो गीत दम मारो दम अभियो हिट बा. एह फ़िल्म से जीनत के बहुत पहचान मिलल. फेर फ़िल्म यादों की बारात आइल जवन सुपरहिट रहल. उनके ओह दौर के हिट फिल्म रोटी कपड़ा मकान, छैला बाबू, हम किसी से कम नहीं, द ग्रेट गैम्बलर आदि रहे. साल 1978 के सत्यम शिवम सुंदरम आ डॉन उनका करियर के बेहतरीन फ़िल्म मानल जाला. अइसन अउर भी फ़िल्म उनका झोली में गिरित बाकिर किस्मत कवनो अउर मोड़ लेके आवे वाला रहे. जीनत के करियर उठान पर रहे तबे उनके ओह बेरा के हिट हीरो संजय खान से प्यार हो गइल. संजय पहिले से शादीशुदा रहलें अउरी उनके लइका भी रहले सन. ऋतिक रौशन के पूर्व पत्नी सुजैन खान अउरी अभिनेता जायद खान उनकरे सन्तान ह लोग.

संजय के बार बार मना कइला के बादो जीनत ना मनली आ उनसे बियाह करे के कहली. इहे उनके जीवन के गलत फैसला रहे. संजय बियाह कइलें बाकिर ई बियाह 1978 में होकेअगिले साल टूट गइल. ई बियाह जीनत खातिर चैन ना बल्कि हरानी लेके आइल. दुनु जाना में बियाह के बादे झगड़ा होखे लागल, बात हाथापाई तक पहुँच गइल. अंत में बियाह टूट गइल बाकिर बात इहवें ना रुकल. मीडिया के कई गो रिपोर्ट के हिसाब से 1980 में संजय खान उनके होटल में कवनो फिल्म के डिस्कशन खातिर बोलवलें. उहाँ जब उ गइली त संजय के पहिला मेहरारु जरीन खान भी मौजूद रहली. संजय खान जीनत अमान के मारे लगलें अउरी बहुत मरलें. उनके मेहरारु जरीन संजय के अउरी हौंसला बढ़ावत रहली. एह हिंसा में जीनत के आंख भी खराब हो गइल आ बहुत चोट आइल. जीनत ई बात बाद में मीडिया के बतवली. बाकिर उनका साथे जवन ज्यादती भइल, एगो मर्द के खोखर मर्दानगी के देखावा भइल आ एगो औरत भी एह में शामिल भइल…ई सच में बहुत दर्दनाक बा. अइसन केहू के साथे ना होखे के चाहीं.

जीनत अमान एगो अभिनेत्री रहली आ ओकरा से पहिले एगो स्त्री भी. ई जवन कुछ भइल उनका जीवन के साथे करियर पर भी असर छोड़लस. बाकिर 1981 में उ फ़िल्म लावारिस में अमिताभ बच्चन के साथे नजर अइली आ ई फ़िल्म सुपरहिट भइल. ओकरा बाद 1982 में क्राइम ड्रामा अशांति आइल. 1983 में उ ट्रिपल रोल वाला फिल्म कइली जवन उनका अभिनय के एगो बढ़िया रंग देखवलस. फ़िल्म के नाम रहे महान. ई फ़िल्म बॉक्स ऑफिस पर औसत प्रदर्शन कइलस. एही साल उनके फ़िल्म पुकार ले शूटिंग शुरू भइल जवन अगिला साल रिलीज भइल लेकिन फ़िल्म कुछ खास कमाल ना देखवलस. जीनत अमान के करियर में अब 70 के दशक वाला चार्म ना रहे. उ फ़िल्म ‘हम से है जमाना’ आ जागीर में विशेष तौर पर लउकली. ओकरा बाद उ अपना दुसरका शादी में व्यस्त हो गइली.

उ 1985 में अभिनेता मजहर खान से बियाह कइली. बियाह के बाद उनका पति के मर्जी से उ फिल्मन से दूरी बना लिहली. उनसे उनके दुगो बेटा भइले सन. हालांकि एह बियाह से जीनत खुश ना रहली बाकिर उ मजहर खान के मृत्यु तक ई बियाह निभवली आ बाल बच्चन के पोसली. ई बात जीनत 1999 के एगो शो में कहले भी रहली. अब जब उनके पति नइखन त उ अपना लइकन के साथे रहेली. जीनत हालांकि 2000 के पहिले भी छोट मोट रोल कइली बाकिर ओकरा बाद कइगो फ़िल्म में लउकली. उ पिछला साल के फ़िल्म पानीपत में भी नजर अइली. जीनत एगो कॉमर्शियल थिएटर प्ले में कस्तूरबा गांधी के टाइटल रोल निभावे वाला बाड़ी आ कुछ वेबसिरीज में भी नजर अइहें.

( लेखक मनोज भावुक भोजपुरी साहित्य व सिनेमा के जानकार हैं )

Tags: Bhojpuri News, Zeenat aman