Amitabh bachchan And Jaya Bachchan interesting facts of Wedding in Bhojpuri


अइसने एगो प्रेम कथा सुग्गा आज सुनाई. सदी के महानायक अमिताभ बच्चन अउरी उनके धर्मपत्नी जया बच्चन के बीच जुड़ल प्रेम आ विवाह के सुंदर अउरी पवित्र बन्धन के. अमिताभ बच्चन के एतना सफल करियर रहल बा, अइसने जया बच्चन (पूर्व नाम जया भादुड़ी) के भी रहल बा. दुनो जाना शानदार फिल्मन के हिस्सा रहल बा लोग आ भारतीय फिल्म इतिहास के महत्वपूर्ण शख्सियत ह लोग. ई दुनु जाना के मेल मुलाकात अउरी बीच में पनपल प्यार के कहानी बहुत इंटरेस्टिंग बा.

जया अमिताभ के देखते जियरा लुटा देहले रहली

अमिताभ बच्चन अउरी जया बच्चन के पहिला भेंट फ़िल्म एवं टेलीविजन संस्थान पुणे में भइल रहे. एक बार अमिताभ आपन पहिला फ़िल्म ‘सात हिंदुस्तानी’ के निर्देशक ख्वाजा अहमद अब्बास के साथे उहाँ गइल रहलें. जया एहिजा से फ़िल्म अभिनय के पढ़ाई पढ़ली. प्रसिद्ध कलाकार असरानी उनके बैचमेट रहल बाड़ें. उहवें जवान और प्रशिक्षु जया भादुड़ी के नजर अमिताभ पर पड़ल जे उभरत फ़िल्म अभिनेता रहलें. जया अमिताभ के कद काठी अउरी व्यक्तित्व के देख के प्रभावित भइली. उनका अमिताभ बच्चन से इम्प्रेस होखे के कारण इहो रहे कि उ प्रसिद्ध कवि हरिवंशराय बच्चन के बेटा रहलें. बाकिर इहाँ कवनो बात आगे ना बढ़ल.

मैगजीन में जया के फ़ोटो देख के अमिताभ के आँख में बन गइल दिल के इमोजी

अमिताभ एह ताका ताकी में जया से कुछ खास प्रभावित ना भइल रहलें. बाकिर बाद में जया के फ़ोटोशूट के एगो फ़ोटो जब फ़िल्म मैगजीन में छपल, अमिताभ के नजर जब जया पर पड़ल त उ जया के ओर आकर्षित भइलें. जया उनके पारंपरिक अउरी आधुनिक दुनु सभ्यता के मेल बुझइली. इहवें से अमिताभ पर जया के जादू चलल.

बाकिर दुनु जाना के भेंट भइल फ़िल्म ‘गुड्डी’ के सेट पर. एह में धर्मेंद्र मुख्य भूमिका में रहलें. ऋषिकेश मुखर्जी एकर फ़िल्म निर्देशक रहलें. एही फिल्म के साथे साथे आनंद के भी शूटिंग होत रहे. अमिताभ के ओह में बड़ रोल रहे. अमिताभ एह फ़िल्म में भी सहायक भूमिका में रहलें. बाकिर ऋषिकेश दा के आनंद में उनकर काम देख के लागल कि अमित में त बड़हन स्टार बने के गुण बा त उनके एह रोल से हटा दिहलें. बाकिर अशोक कुमार, राजेश खन्ना से ले के अमिताभ आ शत्रुघ्न सिन्हा जइसन कई गो कलाकार गुड्डी में अतिथि भूमिका में आइल लोग. इहवें अमिताभ अउरी जया के भेंट भइल, जया एह फ़िल्म में टाइटल रोल गुड्डी निभावत रहली.

एकरा बाद फिल्म ‘बंसी बिरजू’ आ फेर ‘एक नजर’ के शूटिंग के बेरा से दुनु जाना में नजदीकी आवत गइल जवन धीरे धीरे सगरी फिल्मी दुनिया के लोग जान गइल. दुनु जाना के फेर बाद में कुछ फ़िल्म साथे भी आइल. उ साल रहे 1972 के जब अमिताभ के लगातार कई गो फिल्म फ्लॉप हो गइल. उनके फिल्म जंजीर में उनका साथे काम करे के कवनो हीरोइन तइयार ना होखे लोग. तब जया उनका साथे एह फ़िल्म में काम कइली. ई फिल्म सुपर डुपर हिट भइल आ अमिताभ के करियर स्थापित कर देहलस. फेर अमिताभ पीछे मुड़ के ना देखलें.

जया के संगे छुट्टी मनावे के रहे त बाबूजी बियाह करा दिहलें

फिल्म जंजीर के हिट होखे के पूरा चांस रहे एही से शूटिंग टीम के मुख्य लोग ई निर्णय कइलस कि जदि फिल्म हिट भइल त लंदन में छुट्टी मनावल जाई. अइसने भइल त सभे छुट्टी मनावे खातिर लन्दन के टिकट कटा लिहल. ई बात अमिताभ के बाबूजी के पता चलल. हरिवंश राय बच्चन पुछलें कि का जया भी तोहरा साथे जातारी? अमिताभ हामी भरलें. उ कहलें कि जदि जया के साथे जाए के बा त उनसे बियाह करके जा, अइसे उनका साथे नइखे जाए के. बाबूजी के शर्त त बड़ा फेर में डाले वाला रहे. बाकिर अमिताभ अउरी जया एक-दूसरा के जीवनसाथी शायद मने मने मानिए लेले रहे लोग. बस बाबूजी के शर्त मान लिहल लोग. जया के पिताजी के लगे उनके बेटी के हाथ मांगे गइलें आ अगिला दिने बारात लेके चल गइलें. जहिया अमिताभ के बियाह भइल ओही दिने ओह लोग के जाए के भी रहे.

दिन में पांच आदमी के साथे अमिताभ बरात लेके गइलें. कुछ विशेष दोस्त ही उनके शादी में उपस्थित रहे लोग. शादी भइल, जया विदा भइली आ ओही रात के दुनु जाना लंदन के फ्लाइट पकड़ लिहल लोग छुट्टी मनावे खातिर. दुनु जाना के बियाह 3 जून 1973 के हो गइल.

अमिताभ आ जया दुनु जाना के शादी कइला के बाद कई गो अन्य हीरो हीरोइन के साथे ऑनस्क्रीन जोड़ी बनल बाकिर ई लोग के रिश्ता ओसहीं मजबूत रहल. हालांकि 1981 में फिल्म सिलसिला के बेरा तनी भूचाल आइल रहे. काहें की ओकरा कुछ साल पहिले अमिताभ आ रेखा के जोड़ी बड़ा हिट भइल अउरी दुनु जाना के प्रेम प्रसंग के भी चर्चा उठल. बाकिर अमिताभ आपन बियाह के बचा लिहलें अउरी रेखा से कबो आमना सामना ना कइलें.

ई दुनु जाना से एगो बेटा अभिषेक बच्चन अउरी बेटी श्वेता बच्चन भइल लोग. बेटा अभिषेक भी प्रसिद्ध हीरोइन ऐश्वर्या राय बच्चन से बियाह कइलें अउरी दुनु जाना के एगो बेटी भी बिया. श्वेता से भी नात नतकुर भइल बाड़ें सन. दुनु जाना असहीं साथे बनल जुड़ल रहो लोग.

( लेखक मनोज भावुक भोजपुरी सिनेमा और साहित्य के जानकार हैं )

Tags: Amitabh bachchan, Bhojpuri News