Happy Birthday Udit Narayan Know About his Career Bhojpuri

[ad_1]

अक्षय कुमार आ रवीना टंडन पर फिल्मावल गाना टिप टिप बरसा पानी के रीमेक बनल ह सूर्यवंशी खातिर. एह बेरा टॉप 10 हिन्दी गीतन के चार्ट में गाना खूब ट्रेंड कर रहल बा, कारण बा कि एह में मूल गायक जोड़ी से गीत गवावल गइल बा. रउआ गाना सुनब त बुझाई कि एह बुढ़ारी आवे वाला उमिर में भी केतना ताजगी बा उनका आवाज में. रउआ ना हमहूँ ई तथ्य जान के हरान बानी कि उदित नारायण 66 साल के हो गइलें. बाकिर मेंटेन कइलें बाड़ें. साठा में पाठा एहीके कहल जाला साहब.

उनके जनम 1 दिसंबर 1955 के जिला सुपौल बिहार के बैसी गाँव में मैथिली ब्राह्मण परिवार में भइल रहे. उनके पूरा नाम उदित नारायण झा ह. उनके बाबूजी हरेकृष्ण झा नेपाल के निवासी रहलें आ माई भुवनेश्वरी झा बिहार के रहली. उदित नारायण के जनम अपना ममहर में भइल आ प्रारम्भिक शिक्षा भी इहवें भइल. बाद में उ इन्टर नेपाल से कइलें. उनके बाबूजी किसान रहलें आ माई लोक गायिका रहली. इहवें से उनका में गीत संगीत के गुण आइल रहे. उनके माई गावे बजावे खातिर बचपने से उनके खूब प्रेरित करस. उ रेडियो पर मोहम्मद रफी, किशोर कुमार, लता मंगेशकर, मन्ना डे के सुनके बड़ भइल रहलें. उ लोग के प्रभाव इनका अंदर रचल बसल रहे.

1970 में जब उ 15 साल के रहलें तबसे रेडियो नेपाल में मैथिली आ नेपाली गीत प्रस्तुत करे लगलें. उ स्टाफ आर्टिस्ट के रूप में उहाँ काम करस. उनके प्रसिद्धि तब उहाँ बढ़े लागल रहे. फेर नेपाल में भारत सरकार के दूतावास उनके कलाकारी के प्रोत्साहन देत स्कालरशिप देहलस आ भारतीय विद्या भवन में शास्त्रीय संगीत के प्रशिक्षण लेबे खातिर भेजलस. एह तरे उ आठ साल बाद यानि 1978 में उ मुंबई आ गइलें. इहाँ दू साल बाद जब उनका पर तबके मशहूर संगीत निर्देशक राजेश रौशन के नजर पड़ल त उ उदित नारायण के युनीक आवाज के मौका देहलें. उ 1980 में उन्नीस बीस फिल्म खातिर मोहम्मद रफी आ उषा मंगेशकर के साथे ‘मिल गया’ गीत गवलें. ई गाना मिथुन आ कादर खान पर फिल्मावल गइल रहे. फेर 1983 में ‘बड़े दिल वाला’ में किशोर कुमार आ लता मंगेशकर के साथे गावे के मौका मिलल. कहे के माने उदित नारायण के शुरुआत त हिन्दी फिल्म में बड़हन भइल आ उनके बचपन के पसंदीदा गायक लोग के साथे गावे के मौका मिलल. बाकिर उनके संघर्ष कम ना भइल.

उदित नारायण कई गो फिल्मन में गीत गा त लेहले रहलें बाकिर उनके नाम अभियो लोग के बीच लोकप्रिय ना भइल रहे. कारण भी रहे तब हिन्दी संगीत के दिग्गज गायक गायिका के टाइम चलत रहे, नया लोग के आपन जगह बनावे में बड़ा मेहनत लागत रहे. इनके भी लागल. बाकिर 1988 में आमिर खान के चाचा उनके डैब्यू खातिर फिल्म बनवलें कयामत से कयामत तक. लव स्टोरी फिल्म में हीरोइन जूही चावला भी डैब्यू करत रहली. एकर संगीत आनंद मिलिंद बनवलें आ गीत लिखलें मजरूह सुल्तानपुरी. आनंद मिलिंद महान संगीतकार चित्रगुप्त के सुपुत्र ह लोग. एह फिल्म के सगरी गीत उदित नारायण अलका यागनिक के साथे गवलें अउर ई एतना हिट भइल एतना हिट भइल कि सभके करियर सेट हो गइल माने गायक गायिका, संगीतकार जोड़ी, हीरो हीरोइन सभके.

एकरा बाद उदित नारायण युवा दिल के धड़कन बन गइलें. फेर 90 के दशक में उनके खूब गीत आइल अउरी चार्टबस्टर भी भइल. बीबीसी के 40 गो ऑलटाइम हिट गीतन के लिस्ट में 21 को गीत इनके ही बा. उदित नारायण तबके सब सुपरस्टार अमिताभ बच्चन, ऋषि कपूर, आमिर खान, गोविंदा, अक्षय कुमार, अजय देवगन, सैफ अली खान, शाहरुख खान सब केहू खातिर गीत गवलें. उदित नारायण के इंडस्ट्री पर दबदबा 2000 के बाद ले कायम रहल. भोजपुरी में उ सैकड़ों गीत गवले बाड़ें आ उनके बनावल भोजपुरी फिल्म ‘कब होई गवनवा हमार’ के राष्ट्रीय फिल्म पुरस्कार भी मिलल बा. उनके एगो भोजपुरी गीत जवन आज भी बहुत हिट बा, उ बा ‘ओढनी के रंग पीयर’. ई गीत निरहुआ के ब्लॉकबस्टर फिल्म निरहुआ रिक्शावाला में बा आ काफी चर्चित बा.

उदित नारायण के जिनगी जइसे सफलता से भरल बा, ओसहीं उनका साथे विवाद के भी नाता जुड़ले रहल बा. उनके नेपाल के तरफ से प्रतिष्ठित आ सर्वोच्च सम्मान प्रबल गोरखा दक्षिण बाहु मिलल. फेर 2009 में भारत के महत्वपूर्ण नागरिक सम्मान पद्म श्री मिलल. जब ई सम्मान मिलत रहे त नेपाल में बड़ा हल्ला भइल कि उ नेपाली हवें. बाद में उ मीडिया के बयान दिहलें कि हमार बाबूजी नेपाली रहलें. हमार जनम भारत के बिहार में भइल. उ बाद में एगो मंच पर ई भी कहले कि उ अपना के बिहारी मानेले. उदित नारायण के भोजपुरी सिनेमा में योगदान खातिर चित्रगुप्त सिनेयात्रा सम्मान भी मिलल.

उदित नारायण के मेहरारू दीपा नारायण झा भी गायिका हई. आ उनके बेटा आदित्य नारायण गायक आ नायक हउअन. उदित नारायण असहीं अपना हरपल जवान आ खिलखिलात आवाज में हमनी के गीत सुनावत रहस, इहे शुभकामना बा!

( मनोज भावुक भोजपुरी साहित्य व सिनेमा के जानकार हैं। )

Tags: Bhojpuri Articles, Bhojpuri News



[ad_2]