Vicky Kayshal And Katrina kaif Wedding unfinished love story of salman khan Bhojpuri

[ad_1]

एकर कारण बा कि सलमान कैटरीना के पूर्व प्रेमी रह चुकल बाड़ें अउरी उहे कैटरीना के करियर स्थापित करे वाला भी हवें. कहे के माने बा कि विकी अउरी कैट के सफल प्रेम से ज्यादा सलमान के असफल प्रेम के चर्चा हो रहल बा. आज फिल्मी सुग्गा अइसने कथा सुनावे खातिर आइल बा.

फिल्म इंडस्ट्री में प्रेम के सफल होखल अउरी परिणाम तक पहुंचे वाला कथा त बा बाकिर ओकरा से ढेर असफल प्रेम कथा के पोलिंदा बा. अब जइसे सलमान खान के ले लीं. उनके असफल प्रेमकथा के लिस्ट उठावल जाय त कई गो पन्ना रंगा जाई. उ जब फिल्म इंडस्ट्री में अइलें ओकरा बाद से ही उनके फेल लव स्टोरी के सिलसिला चालू भइल अउरी बेचारु के साथे अभिन ले चलत बा. सलमान खान के पहिला प्रेम कहानी संगीता बिजलानी के साथे चालू भइल. संगीता मिस इंडिया रहली आ दुनू जाना में खूब नजदीकी भइल. दुनू जाना के बियाह ले होखे वाला रहे बाकिर बाद में दूरी आ गइल. संगीता फेर बाद में मोहम्मद अजहरुद्दीन से बियाह कइली. हालांकि अजहरुद्दीन से भी उनके 2010 में तलाक हो गइल. बाकिर अभिनो संगीता सलमान खान के परिवार से जुड़ल बाड़ी. उनके बहिन अर्पिता के बियाह में उ सलमान के साथे लउकल रहली.

सलमान के अगिला असफल प्रेम कहानी बा पाकिस्तानी अभिनेत्री आ डायरेक्टर सोमी अली के साथे. सोमी अली जब पाकिस्तान से अमेरिका अपना माई अउरी भाई के साथे गइली त दिल में सलमान खान खातिर प्यार सम्हार के ले गइली. जब उ 16 साल के रहली त अपना माई के खूब मनवली कि उ बंबई जाके फिल्मन में काम करे के चाहत बाड़ी ताकि उ सलमान खान से मिल सकस. जब उ इहाँ अइली त मॉडलिंग के ऑफर लेबे लगली अउरी जलदिए उनके सलमान खान से मुलाकात भी हो गइल. सलमान आ उ दुनू जाना में प्यार हो गइल अउरी प्यार के रिश्ता बड़ा ढेर दिन ले चलल. करीब 1991 से लेके 1999 ले दुनू जाना रिलेशनशिप में रहल लोग. एही बीच सोमी दस गो हिन्दी फिल्मन में काम भी कइली. बाकिर सलमान के दारू के लत आ सोमी के बचकाना बेवहार दुनू जाना के ब्रेकअप के कारण बनल. ओकरा बाद सोमी भारत से वापस अमेरिका लौट गइली.

1996 में एगो अफवाह सलमान खान के लेके अउरी उड़ल रहे. बांग्लादेश के एगो प्रभावशाली महिला फरिया आलम के साथे नाम जुड़ल. उ फुटबाल क्लब के सेक्रेटरी रहली. फरिया के कई गो बड़ नाम प्रेमी रह चुकल बा. ओह में सलमान खान के भी नाम आइल. बाकिर सलमान खान फरिया के साथे कइसनो जान पहचान भा संबंध के अफवाह कहलें अउरी मना कर दिहलें.

सोमी अली से रिश्ता खतम भइला के बाद सलमान के दिल लागल ऐश्वर्या राय से. ई रिश्ता अभियो फिल्म इंडस्ट्री के सबसे चर्चित प्रेम कथा के रूप में मशहूर बा. सलमान अउरी ऐश्वर्या 1999 के फिल्म ‘हम दिल दे चुके सनम’ के सेट पर जब मिलल लोग त दुनू जाना के दिल इलू इलू करे लागल. एकरा बाद एह लोग के रिलेशनशिप बढ़िया चले लागल. बाकिर बाद में सलमान खान ऐश्वर्या के लेके बहुत अधिकार जमावे लगलें. जब मन करे तब उ उनका फिल्मन के सेट पर पहुँच जास, उनके साथी हीरो के धमका देस. ऐश्वर्या मीडिया में अपना फिल्मन के चलते ना बाकिर सलमान के साथे प्रेम संबंध में रहला के चलते मशहूर रहली, ई बात उनके बहुत परेशान करे. एक दिन एकर पराकाष्ठा हो गइल जब राति खां तीन बजे सलमान कवनो बात पर ऐश्वर्या के घरे पहुँच गइलें आ उनके दरवाजा पीटे लगलें. उ धमकी भी देबे लगलें कि अगर तू गेट ना खोलबू त हम मर जाएम. ई बहुत बड़हन ड्रामा बना देहलस. आस पास के लोग अउरी मीडिया एकरा के खूब भुनवलस. एकरा बादे ऐश्वर्या सलमान से दूरी बना लेहली. बाकिर सलमान के ऊपर ऐश्वर्या के बोखार उतरल ना. जब ऐश विवेक ओबेराय के साथे रिलेशनशिप में आ गइली त सलमान खिसी विवेक के लगभग 41 बार फोन कइले रहलें आ फेर जान से मारे के धमकी भी देहलें. उ सब त ठीक बा, बाकिर मीडिया में ई बात खूब कहाला कि उ आपन पहचान आ इंडस्ट्री में दबदबा के इस्तेमाल करके विवेक ओबेराय के करियर ही बर्बाद कर देहलें. एकरा बारे में विवेक एगो इंटरव्यू में भावुक होके बतवलें भी.

फेर उनका जीवन में अइली कैटरीना कैफ जे हिन्दी फिल्मन में 2003 में डैब्यू कइले रहली. कैट के स्थापित कइलें सलमान अपना फिल्म मैंने प्यार क्यूँ किया (2005) में हीरोइन बना के. ओकरा बाद एह दुनू जाना के प्रेम कहानी कई साल ले चलल आ मीडिया के खूब ध्यान खिंचलस. सलमान कैटरीना के लेके भी एतना गंभीर रहलें कि साल 2008 में सलमान कैटरीना के जन्मदिन पर आपन पुरान दोस्त शाहरुख से झगड़ लेहलें. बाकिर कैटरीना के ई सब पसंद ना आइल. दुनू जाना में अउर भी कुछ मनमुटाव रहे एही से कैट उनके छोड़ दिहली आ रनबीर कपूर के साथे डेट करे लगली. दुनू जाना अजब प्रेम की गजब कहानी के सेट पर मिलल रहे लोग. सलमान त इशारा इशारा में अर्पित के शादी में माइक पर भी कहि देले रहलें कि उ कैटरीना से बियाह भी करे वाला रहलें, बाकिर उ मौका चूक गइली. खैर, कैटरीना जीवन में और आगे बढ़के विकी कौशल से बियाह कर चुकल बाड़ी.

फेर सलमान के प्रेम संबंध विदेसी मॉडल यूलिया वन्तुर के साथे चलल. अब ओ लोग के बीच में का स्थिति बा, ई त रिपोर्ट मीडिया में नइखे आइल बाकिर उनके लगातार टूटत दिल के सीरीज देख के रउआ बुझा त गइले होई कि बेचारा सलमान खान बियाह काहें ना कइलें.
( लेखक मनोज भावुक भोजपुरी साहित्य और सिनेमा के जानकार हैं।)

Tags: Bhojpuri Articles, Bhojpuri News



[ad_2]