Shah Rukh khan And gauri khan love story in Bhojpuri – Bhojpuri: फिल्मी सुग्गा


अक्सर नवजवान जोड़ा प्यार में शाहरुख खान आ उनके हीरोइन के स्टाइल कॉपी करेला. कहे के माने बा कि शाहरुख भारतीय फिल्म जगत के प्रणय के देवता हवें. स्क्रीन पर भर-भर के मोहब्बत करे वाला शाहरुख खान असली जिनगी में भी अइसने बेतहाशा प्रेम कइले बाड़ें, कइसे? जानी फिल्मी सुग्गा से –

कइसे भइल पहिला मुलाकात

शाहरुख खान के प्रेम कहानी के शुरुआत भइल एगो दोस्त के पार्टी में. बात ह साल 1984 के. तब शाहरुख 18 साल के रहलें. शाहरुख फिल्मन में ना आइल रहलें बाकिर थियेटर में सक्रिय रहलें. तब उ आपन होमटाउन दिल्ली में रहत रहलें. शाहरुख ओहिजा गौरी के पहिला बेर देखलें. एगो लइकी डांस करत रहे. जब उ ओह खूब सुंदर लइकी के देखलें त उनके होश उड़ गइल आ सारा ध्यान ओही पर टिक गइल. उ लइकी गौरी रहली. शाहरुख गौरी से जान पहचान करे के चहलें आ बड़ा हिम्मत करके उनका लगे गइलें. जब उ गौरी से कहलें कि का उ उनका साथे नचिहें त गौरी सीधे मना कर देहली. कहली कि हमार बॉयफ्रेंड आवे वाला बा अबे. शाहरुख के दिल जुड़े से पहिलहीं टूट गइल.

कुछ देर बाद उनके पता चलल कि एगो हैंडसम लइका गौरी के लगे आइल. शाहरुख जब ओकरा के देखलें त उनके आत्मविश्वास भी हिल गइल. बाकिर बाद में पता चलल कि उ गौरी के भाई हवें. शाहरुख के दिल मचल गइल, ई असलियत जान के. उ गौरी के लगे मौका देख के गइलें आ कहलें कि “मुझे भी अपना भाई समझो.” दरअसल उनका कहे के माने कुछ और रहे. उ कहे चाहत रहलें कि भाई जदि बॉयफ्रेंड कहा सकत बा त हमहूँ भाई बन जातानी, हम कहीं सच में बॉयफ्रेंड बन जाईं.

एही पार्टी के बाद शाहरुख अउरी गौरी में मेल मुलाकात होखे लागल आ दुनू जाना के दिल में प्यार के बिया रोपा गइल. शाहरुख आ गौरी दुनू जाना प्रेम संबंध में जुड़ गइल लोग. दुनू जाना ई रिश्ता के गुपचुप ही रखले रहे लोग, कुछ दोस्तन के अलावा. शाहरुख हंसोड़ आ आकर्षक छवि के रहलें, गौरी के बड़ा पसंद आइल अउरी दुनू जाना के प्यार गहिरा हो गइल. बाकिर शाहरुख में एगो कमी रहे कि उ अपना प्रेमिका खातिर बड़ा अधिकारपूर्ण व्यवहार राखस. जइसे उ गौरी के बाल खोल के ना रहे देस, अकेले में कवनो दोसरा लइका से ना बतिआवे देस. हालांकि इ अक्सरहा जवनकन के साथे होला कि जब उ भविष्य के अप्रत्याशित घटना के आशंका से अपना साथी पर रोक लगावल चालू करेला आ अक्सर ओह बात पर वाद विवाद भी करत रहेला, ई बात गौरी के साथे भी भइल.

जब शाहरुख गौरी के खोजत खोजत बंबई आ गइलें

शाहरुख के रोक टोक जब हद से ज्यादा बढ़ल त गौरी एह रिश्ता से ब्रेक लेबे के सोचली आ शाहरुख के ही घरे जन्मदिन मनवला के अगिला दिने अपना कुछ सखियन के साथे मुंबई चली अइली. उ शाहरुख के कुछ ना बतवली आ उनका से सगरी संपर्क तूर देहली. जब शाहरुख के ई बात पता चलल त उ बड़ा हरान भइलें आ अपना माई के सब हाल कहि देहलें. उनके माई शाहरुख के सपोर्ट कइली, उनके रोकली ना. शाहरुख माई से रुपया लेके गौरी के खोजे बंबई आ गइलें अउरी इहाँ अपना दोस्तन के साथे चप्पा चप्पा छनलें, कहीं उनके पता ना चलल. अचानक फिल्मी स्टाइल में उनके मुलाकात गौरी से समुद्र बीच पर हो गइल. दुनू जाना के आँख मिलल आ फेर एक दूसरा के बाहीं में. आँख से खूब लोर झरल. एही जा दुनू जाना के पता हो गइल कि ई जोड़ी भगवान बनवले बाड़ें.

शादी में बहुत आइल अड़ंगा

शाहरुख मुसलमान रहलें अउरी गौरी हिन्दू ब्राह्मण. गौरी छिब्बर के पिता जी धार्मिक आदमी रहलें आ उ कवनो शर्त पर शाहरुख से अपना बेटी के शादी करे के तइयार ना रहलें. बहुत दिन तक मान मनौव्वल चलल, तब जाके कइसो कइसो गौरी के पिता जी तइयार भइलें. 25 अक्टूबर 1991 के शाहरुख आ गौरी के बियाह सम्पूर्ण हिन्दू रीति रिवाज से भइल. तब शाहरुख के टीवी करियर चालू हो गइल रहे आ उ फौजी आ सर्कस शो से मशहूर भी हो गइल रहलें. 1991 में ही उ अप्रैल में मुंबई दिल आशना है के शूटिंग करे अइलें. जेकरा तुरंत बाद उनके दीवाना फिल्म में सेकंड हीरो के रोल मिल गइल रहे.

शाहरुख आ गौरी दुनू जाना आपन जीवन अच्छा से बिता रहल बा लोग. ओ लोग के तीन गो संतान बाड़ें. दुनू जाना एक दुसरा के धर्म अउरी मान्यता के पूरा आदर करेला लोग आ एक दुसरा के अंदर आपन अंश देखेला लोग, इहे त सफल जिनगी के मूल मंत्र बा.

( लेखक मनोज भावुक भोजपुरी साहित्य व सिनेमा के जानकार हैं. )

Tags: Bhojpuri Articles, Bhojpuri News, Shah rukh khan